Muh Maro Kamaila Ke Song’s Credit
Song : Muh Maro Kamaila Ke Lyrics
Singer : Ritesh Pandey
Music : Chhotu Rawat
Lyrics : Rahul Ranjan & Munna Mohit
Music Label :

Muh Maro Kamaila Ke Song Lyrics in Hindi

ऐ जी.. कहाँ चल देनी रउआँ
अरे..सेठ जी के फोन आईल रहल हा
नौकरी पर जात तानी
कवन सेठ जी ?
नइखे जाए के कतहि रउआँ
अरे जाईब ना कमाईब ना ता खर्चा वर्चा कईसे चली ?
अरे हम बतावत तानी कईसे खर्चा वर्चा चली

सबसे निक बाटे सइयां किसानी
ख़ुशी बाटे रउआ गउवे में बानी
सबसे निक बाटे सइयां किसानी
ख़ुशी बाटे रउआ घरवे में बानी

मुँह मारो कमइला के
ऐ जी बहरा में गइला के
मुँह मारो कमइला के
अब बहरा में गइला के

महल से निक बाटे टुटही पलानी
नून रोटी भले खाईब जा

अखियाँ के सोझा रहब राजा रउआ
संगहि जिनिगिया बिताइब जा

परदेशवा में होला परेशानी
अपना धनिया के बात तनी मानी
मुँह मारो कमइला के
दूर देशवा में गइला के
मुँह मारो कमइला के
ऐ जी बहरा में गइला के

होली दिवाली अब संगहि मनावल जाई
घूमके दशहरा के मेला जी

खेती बारी के जिमवारी बा भारी
बाबू जी परेलन अकेला जी
सैया रितेश दुखवा के जानी
मुन्ना राहुल के भरोसे रहतानी
मुँह मारो कमइला के
दूर देशवा में गइला के
मुँह मारो कमइला के
परदेशवा में गइला के

See also  Choliya Manga Di (Pramod Premi Yadav) Lyrics

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *