You are currently viewing Chhathi Mai Ke Aas – छठी माई के आस (Pawan Singh) Lyrics

Chhathi Mai Ke Aas – छठी माई के आस (Pawan Singh) Lyrics

Chhathi Mai Ke Aas – छठी माई के आस (Pawan Singh) Lyrics

details

Song Chhathi Maai Ke Aas
Featuring Pawan Singh , Aanchal Munjal & Neha Pathak
Singer Pawan Singh & Palak Muchhal
Lyrics Arun Bihari
Music Chhote Baba “Basahi”
Copyright Label DRJ Records

Chhathi Mai Ke Aas (Hindi)

पेन्हले पियर साड़ी मने मने दुखी बाड़ी
तबो बरत करेली हो
दउरा सजियावतारी खेले जे चाहतारी
इहे सोची हहरेली हो
लोरवा से भींजे अँचरवा कोसिया भरेली हो
लोरवा से भींजे अँचरवा कोसिया भरेली हो !

सभे घाटे चल गईल हो दउरा निकल गईल हो
तिवई उदास बाड़ी हो अरघ के बेर भईल हो
जेकरा भी छठी माई पs आस होई
जिनगी में कबो ना निरास होई
ना निरास होई
ना निरास होई !
देखs घाटे चल देली हाथे लोटा जल लेली
रोवत गिरत हहरेली हो
लोरवा से भींजे अँचरवा कोसिया भरेली हो
लोरवा से भींजे अँचरवा कोसिया भरेली हो !

दुनो हाथे अरघ लेके हो सोचतारी बात एके हो
पनिया में खाड़ बाड़ी हो आदित के ध्यान धके हो
नेक धर्म से बाड़ी कईले पुजनवा
पूरा करीहे दीनानाथ इनकर सपनवा
इनकर सपनवा
हो इनकर सपनवा !
मन में बा श्रद्धा जवन पूरा ना भईल तवन
दर दर भटकेली हो
लोरवा से भींजे अँचरवा कोसिया भरेली हो
लोरवा से भींजे अँचरवा कोसिया भरेली हो !
लोरवा से भींजे अँचरवा कोसिया भरेली हो
लोरवा से भींजे अँचरवा कोसिया भरेली हो !

video

 

 

Chhathi Mai Ke Aas – छठी माई के आस (Pawan Singh) Lyrics

Leave a Reply